‘‘शनिबाबा रखिहऽ लाज हमार’’ में मेहमान भूमिका में बाड़े पंकज केसरी

सागर फिल्म्स कम्बाईन के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘शनि बाबा रखिहऽ लाज हमार’ के शूटिंग पिछला दिने शनि सिगनापुर में हुई जवना में पंकज केसरी मेहमान भूमिका में शामिल भइले.

एह फिल्म के निर्माता महेश जी थाटीकोण्डा आ अर्जुन जी थाटीकोण्डा, निर्देशक जेड सुरेश शंकर, संगीतकार अशोक घायल, गीतकार अशोक घायल, फणीन्द्र राव आ सुमित कुमार श्रीवास्तव, नृत्य कानू मुखर्जी, एक्शन ए. जब्बार, कैमरामैन नीतू इक़बाल, संकलन विजय मेंगले अउर साउण्ड रिकार्डिस्ट नाटू भाई हउवे. कहानी जेड सुरेश शंकर के लिखल, पटकथा प्रभाकर झा आ मनोज गुप्ता के अउर संवाद अंजनी श्रीवास्तव के लिखल हवे.

एह फिल्म में अजीत आनन्द, कल्पना शाह, अभिषेक चड्ढा, ललितेश झा, गिरीश शर्मा, नीलिमा सिंह, संगीता वर्धन, पुष्पराज सिंह, सोनू राजा, संजय वर्मा, पंकज मेहता, मास्टर आदित्य, बेबी वैष्णवी, बेबी कारुण्याश्री के खास भूमिका बा. आइटम गर्ल सीमा सिंह बाड़ी आ सुदीप पाण्डे मेहमान भूमिका में.

लेखक-निर्देशक जेड सुरेश शंकर के कहना बा कि एह फिल्म में हमनी के इलाका के सांस्कृतिक विरासत बरकरार देखे के मिली आ ई हमनी के सभ्यता-संस्कृति के आइना साबित होखी.


(समरजीत के रपट से)

सुदीप पाण्डे के चल पड़ल

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन सितारा सुदीप पाण्डे के अब चल पड़ल बा. बॉक्स ऑफस पर अनेके हिट फिल्म देबे वाला सुदीप एह घरी अपना नईकी फिलिम ‘गजब सिटी मारे सईयां पिछवारे’ खातिर बहुते चरचा में बाड़े. फिलिम में उनुका लुक आ अदाकारी के चरचा चारो ओर होखत बा.

अतने ना सुदीप जल्दिये बिहार आ यू.पी. के मशहूर टीवी चैनल बिग मैजिक पर जुर्म के पड़ताल करत लउके वाला बाड़न. एकरा अलावे निर्देशक श्रीधर शेट्टी के ‘दंगल’ में सुदीप मुख्य भूमिका में होखीहें. हालही में सुदीप के बिहारी अस्मिता सम्मान, भिखारी ठाकुर सम्मान आ बाह्मण भूषण अवार्ड से सम्मानित कइल गइल बा. उनुकर कई गो फिलिम अबही फ्लोर पर बाड़ी सँ.


(प्रशांत निशांत के भेजल रपट)

नथुनिया पे गोली मारल जाई ३१ दिसम्बर से


साल के आखिरी शुक का दिने रिलीज होखे जा रहल बिया भोजपुरी फिल्म “नथुनिया पे गोली मारे”. अजय श्रीवास्तव के लिखल कहानी पर उनके निर्देशन में उनकरे निर्माण बा ई फिल्म. जवना के अभय सिन्हा के यशी फिल्म्स आ अजय श्रीवास्तव प्रोडक्शन प्रस्तुत कर रहल बा. एह फिल्म में गाँव जवार में बाहुबलियन के आतंक के कहानी देखावल बा. फिल्म के खास कलाकारन में सुदीप पाण्डेय, पंकज केसरी, सुशील सिंह, विजय लाल यादव, मोनालिसा, गुंजन पंत, रीतू पाण्डेय, डाल्फिन, धामा वर्मा, दिव्यांशू नन्हे, विवेक तिवारी, विनोद तिवारीम ब्रजेश सिंह, आ अवधेश मिश्रा शामिल बाड़ें. स्वाति वर्मा, तसलीम, आ सीमा सिंह पर फिल्म के खास गाना फिल्मावल गइल बाड़ी सँ.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

बलवा का भूमिका में सुदीप पाण्डे

वइसे त सुदीप पाण्डे बहुते फिल्मन में काम कर चुकल बाड़ें बाकिर “बलवा” ओह सब से अलगा बा. निर्माता राधे शर्मा के कहना बा कि एह फिल्म के कहानी एगो काल्पनिक गाँव शिवपुर के बा जहाँ पिछला दस साल से बाहुबली डकैत भीमा आपन आतंक पसरले बा. ओकर दबदबा अगल बगल के समूचा जवार पर बा. भीमा के दबदबा अइसन बा कि जेही ओकरा खिलाफ आवाज उठावेला ओकरा के ऊ कालीस्थान में बलि दे देबेला.

ओही गाँव के सभ्य सरपंच निर्णय विश्वकर्मा के बेटा “बलवा” बचपने से एह अन्याय का खिलाफ आवाज उठावत आवत बा. एक दिन जब बाति ओकरा बर्दाश्त के बाहर हो जात बा त ऊ भीमा के महल में आग लगा देत बा. एह बाति के जानकारी जब विश्वकर्मा के होत बा त ऊ भीमा का डर से रातेरात परिवार समेत गाँव छोड़ देत बा. शहर में बलवा के नौकरी मिल जात बा त विश्वकर्मा ओकरा के किरिया धरा देत बाड़न कि घरे मत अइहे आ अपने गाँवे लवटि जात बाड़न.

दस साल बाद बलवा के पता चलत बा कि ओकरा बाप आ बहिन के भीमा मरवा दिहले बा. ई सुनला का बाद बगावत के चोला पहिरले बलवा अपना गाँवे चहुँपत बा.

लेखक निर्देशक राधे शर्मा, निर्देशक चुनमुन पंडित, गीतकार आ संगीतकार अमन श्लोक, छायाकंनकर्ता देवेन्द्र तिवारी के एह फिल्म के खास खास कलाकारन में सुदीप पाण्डेय, प्रिया शर्मा, रीमा पटेल, बाल गोविन्द, पंकज मेहता वगैरह के नाम बा.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

सुदीप पाण्डे छत्तीसगढ़ी सिनेमा में

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार सुदीप पाण्डे एगो छत्तीसगढ़ी फिल्म में नायक बनल नजर आवे वाला बाड़े. निर्माता मुरली लालवानी के तीन गो फिल्म साइन कर चुकल सुदीप पान्डे के फिल्म भोजपुरी आ छत्तीसगढ़ी दुनु भाषा में बनावल जाई. शूटिंग रायपुर में चल रहल बा.

एह में से “हमार संगी बजरंगबली” अमृता आर्ट्स का बैनर में, “राम बाबू श्याम बाबू” कल्पना मूवीज का बैनर में, आ तिसरकी फिल्म प्रीत फिल्म्स का बैनर में बनी. एकर अबही नाम नइखे राखल गइल. उम्मीद कइल जा रहल बा कि एह फिल्मन से भोजपुरी आ छत्तीसगढ़ी फिल्म उद्योगन में नजदीकी बढ़ी.

सुदीप पान्डे के “हमार ललकार” आजुकाल्ह बाक्स आफिस पर धूम मचा रहल बा. उनकर दू गो अउरी फिल्म, “नथुनिया पे गोली मारे” आ “कुरबानी”, रिलीज खातिर तइयार बाड़ी सँ.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

हमार दादागिरी के शूटिंग गोरखपुर में

पिछला दिने २४ जून के गोरखपुर में आटिस्टिक फिल्म का बैनर में बने वाली आ साई निर्मल प्रोडक्शन के प्रस्तुति भोजपुरी फिल्म हमार दादागिरी के मुहुर्त का बाद ओकर शूटिंग शुरु हो गइल बा. गोरखपुर के बशारतपुर, अशोक नगर, रामगढ़ ताल, सर्किट हाउस वगैरह जगहन पर एह फिल्म के शूटिंग होखे वाला बा.

फिल्म के कलाकारन में सुदीप पाण्डे, कल्पना शाह, गुंजन पंत, पूजा सोनी, नीरज मिश्रा, हीरा यादव, अनिल रंजन, सुधीर सहाय, ओपी सुमन, संतोष श्रीवास्तव, जगदीश कोहली, रहमान, इमरान अहमद, आ बेनजीर चांद शेख शामिल बाड़े.

एह फिल्म के निर्माता अभिषेक श्रीवास्तव, निर्देशक नीरज सिंह, गीतकार श्यामजी श्याम, संगीतकार अमन श्लोक, नुत्यनिर्देशक राजू शबाना आ महेश आचार्य, कैमरा मैन देवेन्द्र तिवारी, आ फाईटमास्टर गब्बर सिंह हउवन जा.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला)

सुदीप पाण्डे फेर दरोगा का रोल में

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार कहाये वाला सुदीप पाण्डे फेर भोजपुरिया परदा पर दरोगा के भूमिका करे जा रहल बाड़न. पर साल भोजपुरिया दरोगा में दरोगा के सशक्त भूमिका जीवन्त करके सफलता पावे वाला सुदीप पाण्डे के दरोगा के ई अन्दाज माँ तीर्थवासिनी देवी का बैनर में बनेवाली निर्माता जी के चतुर्वदी के भोजपुरी फिल्म हमार ललकार में देखे के मिली. सुदीप एगो कड़क आ इमानदार दरोगा के किरदार कइले बाड़न.
Sudeep Pandey in Humar Lalkaar
एह फिल्म में सुदीप के नायिका के रोल में अदाकारा प्रिया सिंह बाड़ी. बाकी कलाकारन में उमेश सिंह, अनारा गुप्ता, प्रिया शर्मा, नीलिमा सिंह, मनोज द्विवेदी, सुनिता शर्मा, विनोद मिश्रा, समीर शेख, जय तिलक, बालेश्वर सिंह, किट्टू, आ आनन्द मोहन बाड़े. चलीं तइयार रहल जाव सुदीप के दरोगई देखे खातिर.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

निशी चौबे के कुरबानी बेकार ना जाई

बिहार के रहेवाली निशी चौबे सफल गृहिणी का भुमिका में रहते अब फिल्मो निर्माण क काम शुरु कर दिहले बाड़ी. उनकर ई प्रयास दोसरो औरतन के हौसला अफजाई करी जे घर का चहारदिवारी का भीतर रह के अपना भीतर के प्रतिभा दबवले रखले बाड़ी. निशी चौबे के भोजपुरी फिल्म कुरबानी में सामाजिक बुराईयन के उजागर कइल गइल बा. निशी चौबे कहत बाड़ी कि फिल्म के साफ सुथरा बनावल गइल बा जेहसे कि पूरा परिवार एक साथे बइठ के फिल्म देख सको.
Sudip Pandey in Kurbani
फिल्म कुरबानी के शूटिंग हैदराबाद में स्टूडियो में करावल गइल बा. फिल्म में कुल छह गो गाना बाड़ी सँ जवना के संगीत लाल सिन्हा बनवले बाड़े. एक्शन आ इमोशन से भरपूर एह फिल्म के नायक सुदीप पाण्डेय बाड़े जिनकर पहिलका फिल्म भोजपुरिया दारोगा सुपर हिट भइल रहुवे.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला)

९ अप्रैल से सुदीप पाण्डे के शराबी

भोजपुरिया एक्शन स्टार कहाये वाला सुदीप पाण्डे रामजी फिल्म्स के प्रस्तुति शराबी में शराबी के भूमिका में नजर आवे जा रहल बाड़े. उनका साथे एह फिल्म में सुहासिनी आ दिया मोदी बाड़ी लोग. निशी चौबे का साथे मिल के सुदीप के बनावल एह फिल्म में वक्त आ हालात के मारल एगो नौजवान के कहानी देखावल गइल बा जे गलत रास्ता पर चले खातिर मजबूर कर दिहल जात बा.

Sudip Pandey in Sharabi

फिल्म के निर्देशन सुमीत राय कइले बाड़े. कहल जा रहल बा कि एह फिल्म में सुदीप पाण्डे का उपर कूछ गरमागरम सीन फिल्मावल गइल बा. गाना श्याम देहाती के आ संगीत लाल सिन्हा के ह.,/p.

फिल्म ९ अप्रैल से रिलीज होखे जा रहल बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

सलमान खान के राह धइलन सुदीप पाण्डे

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार कहाये वाला अभिनेता सुदीप पाण्डे अब सलमान खान का नक्शे कदम पर चलल शुरु कर दिहले बाड़न. अपना मसल्स आ बॉडी देखावे वाला सुदीप पाण्डे अब फिल्म के कहानियो लिखल शुरु कर दिहले बाड़े. अपना प्रोडक्शन कंपनी रामजी फिल्म्स प्रा॰लि॰ का बैनर में बने जा रहल फिल्म कुर्बान के कहानी उहे लिखले बाड़न आ अभिनेतो उहे बाड़न. जइसे कि फिल्म वीर के कहानी सलमान के लिखल रहे आ हीरोओ उहे रहलें.
हैदराबाद में बनावल गइल एह फिल्म के निशी चौबे आ सुदीप पाण्डे मिल के बना रहल बाड़े आ निर्देशन फनी राज के हऽ. कलाकारन में सुदीप पाण्डे का साथ सुहासिनी, सुमन, तेजस्वी, अन्नू आ गीतांजलि के नाम खास बा.
सबे केहू इन्तजार कर रहल बा कि सुदीप के लिखल कहानी पर बनल ई फिल्म का कमाल करत बिया.
स्रोत : प्रशान्त निशान्त