सराहल जाता रानी चटर्जी के

भोजपुरिया दर्शकन के दिल के धड़कन आ सिनेमा भोजपुरी के रानी रानी चटर्जी के सगरी सराहल जात बा. ई सराहना होखत बा हालिया रिलीज फिल्म ‘‘ज्वालामण्डी’’ रानी के शानदार अदाकारी ला. फिल्म में रानी एगो अइसन लड़िकी के किरदार कइले बाड़ी जेकरा के ओकर मामा एगो कोठा पर बेच देत बा, फेर ओकर प्रेमी कवना तरह ओकरा के कोठा से बचावत बा इहे एह फिल्म में देखावल गइल बा.

रानी चटर्जी के नायक बाड़ें बड़का स्टार रविकिशन. रानी चटर्जी एह फिल्म के सफलता से बहुते खुश बाड़ी आ एकर श्रेय निर्देशक जगदीश शर्मा आ निर्माता राजू सिंह के देत बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

विनय आनन्द के ‘मंगल फेरा’ अब तीन भाषा में

भोजपुरी सिनेमा के स्टार अभिनेता विनय आनंद के नामे एगो नया रिकार्ड जुटे जात बा. विनय आनन्द भोजपुरी के पहिलका अभिनेता बन गइल बाड़ें जिनकर फिलिम एके साथ तीन गो भाषा में बनावल जात बा.

विनय आनंद अभिनीत फिल्म ‘मंगल फेरा’ के भोजपुरी, गुजराती अउर नेपाली, तीन गो भाषा में बनावल जात बा. आ तीनों में नायक विनय आनन्द शूटिंग करत बाड़ें. नेपाली फिल्म के शूटिंग नेपाल में होखत बा आ भोजपुरी अउरी गुजराती ‘मंगल फेरा’ के शूटिंग गुजरात में.

हॉरर फिल्म ‘मंगलफेरा’ के निर्माण गायत्री फिल्म प्रोडक्शन के बैनर में गायत्री राठौड़ करत बाड़ी आ निर्देशक बाड़ें श्रीधर शेट्टी. पिछला दिने नेपाल में पत्रकारन से बतियावत विनय आनंद आ श्रीधर शेट्टी बतवलें कि ‘मंगलफेरा’ में स्पेशल इफेक्ट के अलावा एगो अउर नया तकनीक के इस्तेमाल होखत बा जवन भोजपुरी में पहिला बेर होखत बा.


(ब्रेकिंग मैक्स मीडिया के रपट)

भ्रष्टाचार पर निरहुआ-पाखी की ‘‘गंगादेवी’’

भोजपुरी फिल्मों के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ व पाखी हेगेड़े की जोड़ी अब भ्रष्टाचार का पर्दाफाश करेगी। निरहुआ-पाखी 14 सितम्बर से पूरा देश में एके संगे रिलीज होखे जात एह फिलिम में निरहुआ राजनीतिक कार्यकर्ता के भूमिका में आ पाखी हेगड़े उनकर पत्नी के भूमिका में बाड़ी. बाद में पाखी खुद राजनीति में उतर जात बाड़ी.

निर्माता दीपक सांवत के एह फिल्म में निरहुआ-पाखी, बिग बी अमिताभ बच्चन, जया बच्चन आ गुलशन ग्रोवर जइसन दिग्गज कलाकारन संगे स्क्रीन शेयर करत लउकीहें. निरहुआ-पाखी दुनु जने एह फिल्म से बहुते उत्साहित बाड़ें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

सुप्रेरणा के कमाल

एके साथ एके दिन एके अभिनेत्री के दू गो फिलिम रिलीज होखल आ दुनु के बढ़िया चलल ई साबित करत बा कि उनुका में अभिनय कला कूट कूट के भरल बा. पिछला दिने सुप्रेरणा सिंह के ” कलुवा भईल सयान” अउर “जानवर” एक ही दिन बिहार में रिलीज कइल गइल आ दुनु सफल रहली सँ. कुछ सिनेमाघर में अबहीं ले दुनु फिलिम चलत बाड़ी सँ.

सुप्रेरणा सिंह के जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिमन में निर्माता बालजीत सिंह आ निर्देशक अनिल के फिलिम ” गजब सिटी मारे सैया पीछुवारे”, आ निर्माता निर्देशक रमाकांत प्रसाद के ” हिम्मतवाला” के नाम बा, हिम्मतवाला में सुप्रेरणा मेहमान कलाकार बाड़ी बाकिर एगो गाना में उनुका पर ” अब ही उतरल ना नथूनिया मे” विराज भट्ट संगे फिल्मावल गइल बा.


(भोजवुड न्यूज के रपट)

सीमा सिंह निरहुआ साथे फेरू अइहें

सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह अब माथस्टार दिनेश लाल यादव संगे ‘दूध का कर्ज’ फिलिम में नजर अइहें. एह फिल्म ला एगो धाँसू आयटम नंबर सीमा सिहं पर पिछला दिने फिल्मावल गइल. निर्माता आलोक कुमार आ निर्देशक हिमांशु के एह फिल्म खातिर ई आयटम नंबर मुंबई के मड आईलैंड में फिल्मावल गइल. दिनेशलाल यादव संगे काम करे के सीमा सिंह पूरा उछाह में बाड़ी.

सीमा एकरा अलावे निर्देशक बाली के ‘इज्ज़त’ फिलिमो में बाड़ी जवना के नायक बाड़न दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

दुलहिन बने ला बेचैन बाड़ी गुंजन पंत

सिनेमा भोजपुरी के चर्चित अभिनेत्री, मोहक मुस्कान के मल्लिका गुंजन पन्त अनेके फिलिमन में शादी शुदा महिला के किरदार निभा चुकल बाड़ी बाकिर असली जीवन में दुलहिन बने के इंतजार लागल बा गुंजन के. कहेली कि जबहियों कवनो फिलिम के शूटिंग में दुलहिन के ड्रेस पहिरेली त लागेला कहीं सचहुं के शादी त नइखे होकत आ गुंजन असमंजस में पड़ जाली.

एगो सवाल के जवाब में गुंजन बतवली कि कहीं असलीओ शादी में उनुका निर्देशक के ‘एक्शन – कट – ओके’ के इंतजार मत होखे लागो. हालांकि दुलहिन बने के चाहत का बावजूद गुंजन के कहना बा कि अबही पाँच साल ले त शादी नइखे करे के काहे के अतना जल्दी ऊ अपना चहेता दर्शकन के दिल तूड़ल ना चहीहें.

पिछला दिने गुंजन ‘लक्ष्मण रेखा’ के शूटिंग पूरा कइली. एह फिल्म के निर्माता अशोक गुप्ता अउर बृजेश सिंह हउवें आ निर्देशक हउवें मनोज गिरी. फिल्म में गुंजन के नायक बाड़ें विनय आनद.


(अपना न्यूज के रपट)

विक्रांत बनलन बंटी बवंडर

सिनेमा भोजपुरी के एक्शन स्टार विक्रांत के एगो नये रूप अब दर्शकन के देखे के मिले वाला बा. मुन्ना बजरंगी में उनकर जबरदस्त एक्शन लोग खूबे सरहले रहुवे. अब लोग विक्रांत के बंटी बवंडर का रूप में देखी.

अबहीं एह फिलिम के बारे में बेसी नइखे बतावल जात कि ई कइसन फिलिम होई बाकिर विक्रांत इशारा कइलन कि एहमें मुन्ना बजरंगीओ से अधिका खतरनाक एक्शन देखे के मिली. एह फिल्म के शारदा पिक्चर्स एंड इंटर टेनमेंट के बैनर तले निर्माता एस. बी सिंह आ सह निर्माता धीरेन्द्र ठाकुर बनावत बाड़ें आ निर्देशन करत बाड़न कन्यादान, प्रतिज्ञा जइसन सुपर हिट फिलिमन के निर्देशक रहल सुशील कुमार उपाध्याय. फिल्म के नायिका के नाम अबहीं तय नइखे.


(अपना न्यूज के रपट)

रमाकांत प्रसाद अउर विराज भट्ट के नया रिकार्ड

सिनेमा भोजपुरी में निर्माता निर्देशक रमाकांत प्रसाद आ अभिनेता विराज भट्ट के टीम एगो नया रिकार्ड बनवले बिया. ई टीम अबहीं ले नौ गो फिलिम कइले बा आ नौ के नवो सुपर डुपर हिट भइल बाड़ी सँ. ई पहिलका अइसन टीम बा जवन अतना फिलिम एक संगे कइले बा.

एह नवो फिलिमन के नाम ह ‘लागल रहा ए राजा जी’, ‘दिवाना’, ‘दाग़’, ‘दिलजले’, ‘बारूद’, ‘जान तेरे नाम’, ‘जानवर’ आ ‘हिम्मतवाला’.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

राज ठाकरे के जवाब में मराठी फिल्म के शूटिंग शुरू कइलन रवि किशन

भोजपुरी के सदाबहार अभिनेता रवि किशन पिछला अतवार का दिने अपना मराठी फिल्म “मध्यवर्ग” के शूटिंग मुंबई के एसजे स्टुडियो में शुरू कइलन. कहेवाला एकरा के राज ठाकरे के बिहार विरोधी बयान के मुँहतोड़ जवाब कहत बाड़ें बाकिर रवि किशन के कहना बा कि एह बात के राज ठाकरे के बयान पर पलटवार बतावल गलत होखी काहे कि कवनो कलाकार जाति धर्म भा प्रान्त के भेद ना माने.

मराठी फिल्म “मध्यवर्ग” में रविकिशन नायक बनल बाड़ें आ ई पहिला मौका बा जब कवनो भोजपुरी अभिनेता मराठी फिलिम के नायक बनल बा. फिल्म के निर्देशक हैरी फर्नांडीज कहलन कि रवि किशन फर्राटा से मराठी बोलेलें आ उनकर टोन एकदम मराठीए मानुष जस लागेला. दोसरे एह किरदार लायक सबले फिट रवि किशन रहलन एहसे ऊ रविकिशन से संपर्क कइलन त रवि किशन तुरते तइयार हो गइलन कि नेतवन के आपन काम करे दिहल जाव आ हमनी का आपन काम करत रहीं जा.

रविकिशन बतवलन कि फिलिम त ऊ बहुत पहिलही साइन कइले रहलन बाकिर अपना व्यस्तता का चलते सितम्बर के तारीख दिहले रहलन जब अब अपना पहिले से तय तारीखे पर शुरू भइल बा. कहलन कि यूपी बिहार के लोग के मराठीओ भाषा से लगाव बा. दोसरे ऊ खुद मुंबई में अपना गृहप्रांत उत्तर प्रदेश से अधिका रहल बाड़ें.


(स्रोत – उदय भगत के रपट)

व्यस्त बाड़न जय सिंह

भोजपुरी सिनेमा में आपन पहचान बना चुकल जय सिंह आज कल कईएक भोजपुरी फिलिमन में व्यस्त बाड़न. बतावेलें कि भोजपुरी फिलिम उनुका जीवन के हिस्सा बन गइल बा ऊ पूरा तन्मयता से आपन अभिनय करेलें.

जय सिंह “तोहर नइखे कवनो जोड़ तू बेजोड़ बाडू हो”,”चोरवा बनल दामाद”,”पयाल”,पवन पुरवैया”,”प्रेम लगन” वगैरह अनेके फिलिम कर चुकल बाड़ें. एह साल रिलीज भइल फिल्म “बजरंग” में जय सिंह के विलेन किरदार के लोग बहुते पसंद कइल.

“कोठा” फिल्म भी में जय सिंह एगो कुटिल दरोगा बनल बाड़न आ उनका उमेद बा कि एहु किरदार के दर्शकन से वइसने प्यार मिली जइसन उनुका “बजरंग” फिल्म में मिलल.


(भोजवुड न्यूज के रपट)