भोजपुरी में पहिलका वेबसाइट

भोजपुरी में पहिलका वेब साइट अँजोरिया डॉटकॉम अब फेरू रउरा सेवा में हाजिर बा. आईं, पढ़ीं, देखीं आ उत्साह मरे मत दीं.
राउर, हमार, सभकर आपन भोजपुरिया साइट ह अँजोरिया डॉटकॉम. ना धन माँगत बा, ना तन. बस राउर नेह के पियासल बिया अँजोरिया. सूखे मत दीं एकरा के.

सराहल जाता रानी चटर्जी के

भोजपुरिया दर्शकन के दिल के धड़कन आ सिनेमा भोजपुरी के रानी रानी चटर्जी के सगरी सराहल जात बा. ई सराहना होखत बा हालिया रिलीज फिल्म ‘‘ज्वालामण्डी’’ रानी के शानदार अदाकारी ला. फिल्म में रानी एगो अइसन लड़िकी के किरदार कइले बाड़ी जेकरा के ओकर मामा एगो कोठा पर बेच देत बा, फेर ओकर प्रेमी कवना तरह ओकरा के कोठा से बचावत बा इहे एह फिल्म में देखावल गइल बा.

रानी चटर्जी के नायक बाड़ें बड़का स्टार रविकिशन. रानी चटर्जी एह फिल्म के सफलता से बहुते खुश बाड़ी आ एकर श्रेय निर्देशक जगदीश शर्मा आ निर्माता राजू सिंह के देत बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

विनय आनन्द के ‘मंगल फेरा’ अब तीन भाषा में

भोजपुरी सिनेमा के स्टार अभिनेता विनय आनंद के नामे एगो नया रिकार्ड जुटे जात बा. विनय आनन्द भोजपुरी के पहिलका अभिनेता बन गइल बाड़ें जिनकर फिलिम एके साथ तीन गो भाषा में बनावल जात बा.

विनय आनंद अभिनीत फिल्म ‘मंगल फेरा’ के भोजपुरी, गुजराती अउर नेपाली, तीन गो भाषा में बनावल जात बा. आ तीनों में नायक विनय आनन्द शूटिंग करत बाड़ें. नेपाली फिल्म के शूटिंग नेपाल में होखत बा आ भोजपुरी अउरी गुजराती ‘मंगल फेरा’ के शूटिंग गुजरात में.

हॉरर फिल्म ‘मंगलफेरा’ के निर्माण गायत्री फिल्म प्रोडक्शन के बैनर में गायत्री राठौड़ करत बाड़ी आ निर्देशक बाड़ें श्रीधर शेट्टी. पिछला दिने नेपाल में पत्रकारन से बतियावत विनय आनंद आ श्रीधर शेट्टी बतवलें कि ‘मंगलफेरा’ में स्पेशल इफेक्ट के अलावा एगो अउर नया तकनीक के इस्तेमाल होखत बा जवन भोजपुरी में पहिला बेर होखत बा.


(ब्रेकिंग मैक्स मीडिया के रपट)

भ्रष्टाचार पर निरहुआ-पाखी की ‘‘गंगादेवी’’

भोजपुरी फिल्मों के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ व पाखी हेगेड़े की जोड़ी अब भ्रष्टाचार का पर्दाफाश करेगी। निरहुआ-पाखी 14 सितम्बर से पूरा देश में एके संगे रिलीज होखे जात एह फिलिम में निरहुआ राजनीतिक कार्यकर्ता के भूमिका में आ पाखी हेगड़े उनकर पत्नी के भूमिका में बाड़ी. बाद में पाखी खुद राजनीति में उतर जात बाड़ी.

निर्माता दीपक सांवत के एह फिल्म में निरहुआ-पाखी, बिग बी अमिताभ बच्चन, जया बच्चन आ गुलशन ग्रोवर जइसन दिग्गज कलाकारन संगे स्क्रीन शेयर करत लउकीहें. निरहुआ-पाखी दुनु जने एह फिल्म से बहुते उत्साहित बाड़ें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

7 सितम्बर से बिहार में देखावल जाई ‘लावारिस’

आरोही फिल्मस् के बैनर तले बनल फिल्म ‘लावारिस’ के प्रदर्शन बिहार में 7 सितम्बर से होखे वाला बा. निर्माता अजय सिन्हा अउर नासिर जमाल आ निर्देशक देव पाण्डेय के एह फिल्म के लावारिस हउवें पवन सिंह. फिल्म में पवन सिंह के जोड़ी अंजना सिंह से लगावल गइल बा.साथे बाड़ें गजेन्द्र चौहान, सत्येन्द्र सिंह, रवि उज्जैन, आकाश मुखर्जी, उर्वशी चौधरी, रानी चतुर्वेदी, सी. पी. भट्ट, संजय वर्मा, अभय रॉय, सूर्या द्विवेदी, रिया आ शहजाद खान. डांसिग क्वीन संभावना सेठ के आईटम बा एह फिल्म में. लेखक विनय बिहारी, गीतकार अशोक कुमार ‘दीप’, विनय बिहारी, संगीतकार अशोक कुमार ‘दीप’ हउवें.

बिहार में एह फिल्म के वितरण रेणू विजय फिल्मस् कइले बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

राजकुमार पांडे ‘नागिन’ ले के अइहें

भोजपुरी के अव्वल निर्माता निर्देशक राजकुमार पांडे अब एगो जानदार शानदार भोजपुरी फिलिम ले आवत बाड़ें जवना के नाम बा ‘नागिन’. इंडस्ट्री के लोग मानत बा कि राजकुमार पांडे के हर फिलिम के तरह इहो सुपर डुपर हिट फिलिम होखी.

नागिन में खेसारीलाल यादव, रानी चटर्जी आ मोनालिसा का संगे नवोदित ज्योतित, मनोज टाईगर, सीमा सिंह, बृजेश त्रिपाठी, प्रकाश जैस, के.के. गोस्वामी, मंटूलाल, सी.पी. भट्ट, अनूप अरोड़ा, पुष्पा वर्मा, वंदिनी मिश्रा अउर अवधेश मिश्रा बाड़ें.

साईदीप फिल्म्स प्रस्तुत ‘नागिन’ के लेखक मनोज कुशवाहा, गीतकार प्यारे लाल यादव, विपिन बहार आ महेश परदेशी, मारधाड़ निर्देशक हीरा यादव, आ संपादक गुर्जन सिंह हउवें.


(ब्रेकिंग मैक्स मीडिया के रपट)

हरीश जायसवाल आ मुकेश पाण्डेय गिरफ्तार

देर से पता चलल एगो खबर, बढ़ियका त प्रचारक लोग तुरते बता भेजेला, से मालूम भइल कि भोजपुरी फिल्म निर्माता हरीश जायसवाल आ लेखक मुकेश पाण्डेय एगो भोजपुरी अभिनेत्री से छिनरपन आ भँड़ुअई वाला करतूत कइला का चलते गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. एह दुनु जने पर आरोप बा कि ई लोग ओह अभिनेत्री के अपना फिलिम में रोल देबे के लालच दिहल लोग आ बाद में ओकरा से मनबढ़ चाहत राखे लागल लोग कि ऊ एह लोग के तृप्त करो. अभिनेत्री जब इंकार कर दिहलस त बतावल जात बा कि ई दुनु जने सोशल नेटवर्किंग साइट पर ओह अभिनेत्री के फोटो पर फूहड़ तंज कसे लागल. बाद में जब एह लोग के ऊ अभिनेत्री ब्लॉक कर दिहली त ई लोग मोबाइल पर फोन कर कर के आपन फूहड़पन बतियावे लागल. आजिज आ के ऊ अभिनेत्री एह लोग के फोन टेप कर लिहली आ पुलिस थाना में रिपोर्ट दर्ज करा दिहली. एकरा बाद एह लोग के अगस्त का पहिला हफ्ता में गिरफ्तार कर लिहल गइल.

बिग बी के हाथे धूम-धाम से भइल "गंगादेवी" के म्यूजिक रिलीज

निर्माता दीपक सावंत आ निर्देशक अभिषेक चड्ढ़ा के फिलिम “गंगा देवी” के म्यूजिक पिछला दिने बिग बी अमिताभ बच्चन के हाथे रिलीज भइल. एह मौका पर पाखी हेगड़े आ गुलशन ग्रोवर मौजूद रहले. भोजपुरी से आपन लगाब बतावत बिग बी कहलन कि अबहीं ले ऊ तीने गो भोजपुरी फिलिम में काम कइले बाड़न बाकिर शुरुए से भोजपुरी के मिठास आ अपनापन के कायल रहल बाड़ें. फिलिम “गंगा देवी” के अहमियत बतावत बच्चन बड़कू कहलन कि एह फिलिम के शूटिंग पूरा कराइए के ऊ अपना इलाज खातिर अस्पताल में भरती होखे गइलन हालांकि शूटिंग का दौरान ऊ भयंकर पेटदर्द से परेशान रहलन.

भोजपुरी फिलिमन में अभिनय के मौका देबे खातिर अपना मेकअप मैन आ एह फिल्म के निर्माता दीपक सावंत के आभार जतावत बिग बी कहलन कि दीपक चालीस बरीस से उनकर चेहरा सँवारत आइल बाड़ें से उहो दीपक के भविष्य सँवारे ला आपन छोटहन योगदान देबे के कोशिश कइले बाड़न.

गंगा देवी १४ सितम्बर से सगरी देश में रिलीज होखे वाली बा. एह फिल्म में बच्चन बड़कू का साथे जया बच्चन, दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, पाखी हेगड़े, गिरीश शर्मा, अवधेश मिश्रा, विनय बिहारी आ गुलशन ग्रोवर मौजूद बाड़ें. भोजपुरी सिनेमा के मौजूदा परम्परा से अलगा हटके बनावल एह उद्देश्य प्रधान फिलिम में कहानी आ किरदारन के बेहतरीन इस्तेमाल कइल गइल बा.


(स्पेस क्रिएटीव मीडिया के रपट)

बढ़िया कार्यक्रम दिहल हमनी के कोशिश रही – बतवली रजनी सिंह

मोतिहारी में बोलावल प्रेस सम्मेलन में अंजन टीवी के कंटेट हेड़, सामग्री प्रमुख, रजनी सिंह बतवली कि उनुका चैनल के ना त केहु से मुकाबला बा ना केहु का आगा बढ़े के कवनो योजना बा. अंजन टीवी त बस सही दिशा में सही सोच का साथे चलत जाए के बा. अंजन के कोशिश रही कि बढ़िया संदेश देबेवाला कार्यक्रम पेस कइल जाव.

पिछला दिने लॉंच भइल अंजन टीवी आपन जानकारी जन जन ले चहुँपावे ला पिछला कई दिन से बिहार, उत्तर प्रदेश आ झारखण्ड के शहरन में आपन कार्यक्रम करत बा. ए॰ए॰पी॰ मीडिया के उपक्रम अंजन टीवी आकर्षणपूर्ण मनोरंजन देबे के इरादा रखले बा. चैनल चैबीसों घंटे मनोरंजन करी जवना में भोजन, स्वास्थ्य, संगीत, फिल्म्स, सोप्स, रियलिटी शोज़, कोमेडी, यात्रा आ लाइफ़ स्टाइल से जुड़ल कार्यक्रम देखावल जाई. अधिकतर शो के उद्घौषक भोजपुरी सिनेमा के महारथी रहीहें.


(उदय भगत के रपट)

सुप्रेरणा के कमाल

एके साथ एके दिन एके अभिनेत्री के दू गो फिलिम रिलीज होखल आ दुनु के बढ़िया चलल ई साबित करत बा कि उनुका में अभिनय कला कूट कूट के भरल बा. पिछला दिने सुप्रेरणा सिंह के ” कलुवा भईल सयान” अउर “जानवर” एक ही दिन बिहार में रिलीज कइल गइल आ दुनु सफल रहली सँ. कुछ सिनेमाघर में अबहीं ले दुनु फिलिम चलत बाड़ी सँ.

सुप्रेरणा सिंह के जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिमन में निर्माता बालजीत सिंह आ निर्देशक अनिल के फिलिम ” गजब सिटी मारे सैया पीछुवारे”, आ निर्माता निर्देशक रमाकांत प्रसाद के ” हिम्मतवाला” के नाम बा, हिम्मतवाला में सुप्रेरणा मेहमान कलाकार बाड़ी बाकिर एगो गाना में उनुका पर ” अब ही उतरल ना नथूनिया मे” विराज भट्ट संगे फिल्मावल गइल बा.


(भोजवुड न्यूज के रपट)