– प्रशांत निशांत
भोजपुरिया गीत गवनई के शौकीन लोग का मन में आपन खास पहिचान आ जगहा बना चुकल ‘‘महुआ टी. वी.’’ अब भोजपुरिया सुरवीरन खातिर ‘‘सुर संग्राम’’ के भारी सफलता का बाद ‘‘सुरों का महासंग्राम’’ ले के आवत बा.
“सुरों का महासंग्राम” में अबकी बिहार, झारखण्ड आ उत्तर प्रदेश के उभरत गायक गायिका लोग का बीचे गवनई के जंग मची. तीन जनवरी से एह शो खातिर प्रतिभागी चुने के काम लखनऊ से शुरू होखे जा रहल बा. लखनऊ में ऑडिशन राउण्ड के जगहा तय भइल बा स्वयंवर मैरिज हॉल, भवानी बाजार, गोल चौराहा, जानकीपुरम, लखनऊ.
एह ऑडिशन में मशहूर संगीतकार जोड़ी सतीश-अजय के अजय, महुआ टी. वी. के विनीता उपाध्याय आ अभिषेक प्रतिभागियन के चयन करीहें. एह आ एकरा बाद के बाकी जगहा के ऑडिशन में शामिल होखे खातिर उमिर के सीमा बान्हल गइल बा चौदह साल से तीस साल का बीच.
आडिशन में शामिल होखे खातिर प्रतिभागियन के आपन आवासीय प्रमाणपत्र, उमिर के प्रमाण पत्र आ दू गो पासपोर्ट साइज फोटो का साथे आपन रजिस्ट्रेशन करवावे के पड़ी. रजिस्ट्रेशन आडिशन स्थले पर कइल जाई. आवासीय प्रमाणपत्र बिहार, झारखण्ड भा उत्तर प्रदेश के होखे के चाहीं.
पहिला राउण्ड में चुनइला का बाद प्रतिभागियन के फेरू फाइनल राउण्ड पार करे के पड़ी.
सराहनीय कदम बा।।
बहुत ख़ुशी के बात बा आउर ‘‘महुआ टी. वी.’’ के धन्यवाद बा .
patna me sur sangram ke audition kaha hoi. full address bata deti ta humhu shamil hokhti.