छिनार मेहरी भतार के भड़ुँआ बना के राखि देले.

छिनार मेहरी भतार के भड़ुँआ बना के राखि देले.

कर्नाटक में उहे भइल जवन होखे वाला रहुवे. एक हालि के थुकल चाटे के कवन मजबूरी रहुवे पता ना? भाजपा के नेतृत्व अइसनका बोका तरे काम करी त हो चुकल! अइसनका पार्टी के लुटिया डूबे से केहू ना बचा सके.

देवगौड़ा कवनो नया काम ना कइले हा. पहिलही से ऊ पुत्र प्रेम में धृतराष्ट्र लेखा काम करत रहल बाड़न. बड़का से छोटका उनुकर पियारा हऽ. कुमारस्वामी आ रेवन्ना में अपने में रस्सा कस्सी चलत रहेला आ जिद्दी बाप का आगा केहू के ना चले. एह घटना का बाद कुमारस्वामी के आपन जनछवि अतना खराब हो गइल कि अब फेर से सुधरे में उमिर गुजरि जाई. बूढ़वा त एक हालि प्रधानमंत्री के कुरसौ देखि लिहले बा, अब जानत बा कि फेरु से ऊ कुर्सी मिली ना. तबहियों पावर के नशा में डूबल ओह आदमी के निमन बाउर समुझे के होश नइखे. अब सुने में आवत बा कि ऊ कांग्रेस का दुआरी माथा टेके खातिर दिल्ली दउड़ गइल बाड़न. हो सकेला कि कांग्रेस से उनुकर सउदा पटियो जाव. काहे कि कांग्रेसो के सत्ता में बनल रहला खातिर कवनो कीमत देबे में उजिर ना बूझाव.

परमाणु समझौता पर देश हित के चिन्ता छोड़ि के ललका पार्टीवालन का सामने निहुरे के तइयार, नन्दीग्राम का मामिला पर कुछ बोले के हिम्मत ना, कबहूं जनता के वोट लिहले बिना सरकार के मुखिया बने के आनन्द. बाकिर तबहियों हाल का दिन में देवगौड़ा के रहन आ बेवहार देखिके कांग्रेस उनका संगे सरकार बनावे के तइयार होखि अतना त नइखे लउकत. बाकिर सत्ता के लोभ कुछुवो करा सकेला. जब भाजपा लेखा पार्टी सत्ता के आनन्द लेबे खातिर आपन थूकल चाट लिहलसि त दोसरा के का कहे के बा.

जर जोरू जमीन जबरदस्त के! ई कहाउत मशहूर हऽ. कांग्रेस अतना जर देखा सकी तब त देवगौड़ा काबू में रहि पइहें ना त ओकरो फजीहत करा के छोड़ि दिहन.

Leave a Reply